र कहाँ बनल ओइसन भोजपुरी फिल्म ? काहे ना बनल ? लोग कहे कि उ लिख दिहें आ धुन बना दिहें त हिट हो जाई आ हिट हो जाव. हिट होखे के गारंटी रहलें उ. उ माने के ?
एही तरे भोजपुरी सिनेमा के एह दौर में अमिताभ बच्चन, दिलीप कुमार, सुभाष घई, अजय देवगन, सायरा बानो, जी. पी. सिप्पी, रमेश सिप्पी, भाग्यश्री, प्रियंका चोपड़ा, कॉन्टिलो फिल्म्स, महिंद्रा एन्ड महिंद्रा के अइला के बाद लोग कहल कि भोजपुरी सिनेमा त आकाश ध ली. … बाकिर पाताल में घुस गइल भोजपुरी सिनेमा. रसातल में चल गइल. हिंदी वाला के भोजपुरी में अइला पर भोजपुरी वाला खूब थपरी पीटे ला लोग.
यकीन मानी अगर शैलेन्द्र आ मजरुह हिंदी में स्थापित ना रहितें त भोजपुरी में जवन गनवा लिखले बा लोग, जवना के लेके लोग सीना चौड़ा करेला, स्वाभिमान के गीत गावेला ... ओकरा के लेके उनका नाम के साथे लोग अइसे ना उतराइत. बलुक हो सकेला गाना ईयाद रहित बाकिर ओह लोग के नाम ना ईयाद रहित. जइसे उनका साथे होता.उहे, जेकरा बहाने हतना कथा हो गइल. उनकर गीतवा शैलेन्द्र आ मजरुह साहेब से कवनो कमजोर नइखे आ ना हीं उनका गीतन के लोकप्रिय होखे भा सुपरहीट होखे में कवनो कमी रहल. सबका जुबानो प बा. नचनियो गावेलन स.
लक्ष्मण शाहाबादी जी के बेटा अमरेश शाहाबादी जे कि खुद संगीतकार बाड़न, हमरा से बातचीत में बतवलें कि"संगीत के प्रतिभा बाबूजी के विरासत में मिलल रहे. हमार बाबा रामलाला प्रसाद खुदे एगो कुशल सितार वादक रहलें, त राग रागिनी त बाबूजी के लोरी में मिलल रहे. जवना उमिर में लइका गिल्ली डंडा खेलsसन बाबूजी अनेक वाद्ययंत्र से खेली." आगे अमरेश इहो बतवले कि बाबूजी 13-14 साल के उम्र से ही स्टेज शो करे लागल रहीं.
दिलीप बोस कहलें कि आप हीं ने तो लिखा है कि खिरिया खिआ ल. तो खीर खिलवा रहा हूँ. लक्ष्मण जी आपन माथा ठोकत कहलें दादा खिरिया नहीं, किरिया, किरिया. किरिया माने कसम. चाहे जिआ द सइयां चाहे मुआ द, तहरे भरोसे बानी किरिया खिआ ल. सेट पर बड़ी ठहाका लागल.
AMISHDEVGAN कृपया आर_पार में 'किताब'का हवाला दे रहे वसीम वकार से पूछें 'इतिहास'की तमाम किताबों में'हजारों मंदिरों के विध्वंस'का लिखा है: 'बाबर के सेनापति ने अयोध्या में श्रीराम जन्मभूमि मंदिर तोड़ा औरंगजेब ने मथुरा में श्रीकृष्ण_जन्मभूमि मंदिर' फिर इन्हें मानते क्यों नहीं?
भाजपा का दलाल चैनल न्यूज 18
इंडिया ताज़ा खबर, इंडिया मुख्य बातें
Similar News:आप इससे मिलती-जुलती खबरें भी पढ़ सकते हैं जिन्हें हमने अन्य समाचार स्रोतों से एकत्र किया है।
स्रोत: AajTak - 🏆 5. / 63 और पढो »
स्रोत: AajTak - 🏆 5. / 63 और पढो »
स्रोत: Jansatta - 🏆 4. / 63 और पढो »
स्रोत: Jansatta - 🏆 4. / 63 और पढो »
स्रोत: AajTak - 🏆 5. / 63 और पढो »
स्रोत: AajTak - 🏆 5. / 63 और पढो »